चुन्नू मुन्नू एने आव
हमरा के एगो बात बतावऽ
के के चली चान पऽ, बतावजा ?
चान पे रहेली एगो बुढ़िया माई
चाने अईसन बेटा हइस किसुन कन्हाई
चलीं जा तनिक ओकरा से बतिआवे के
ओल्हा-पाती खेले के इआरी लगावे के
नदिया के तीरे-तीरे बछ़रु चरावेला
कदम बिरीछ तरे बँसिया बजावेला
के के झूमी तान पऽ, बतावजा ?
के के चली चान पऽ, बतावजा ?
सटले नगीच बाटे मकई के खेत
फूँट प भा बाल पऽ बिगाड़े के नाते तऽ
किसुने से कहे के कि अकिल लगाव
आइल बानी तोरा गाँवे, बालो त खिआव
के पतई के आग लगाई
के लाई भाई नून मेचाई
के बइठी मचान प बतावजा ?
के के चली चान प बतावजा ?