मधु पी ले रे — श्री रामवृक्ष राय 'विधुर' | Madhu Pi Le Re — Shri Ramvriksha Ray 'Vidhur'


अलि गाऊ मधुर - मधुर कुछ
दिन बीत गइल पतझर के।
झुलसल तरु विहँसल लागल
फिनु पात नया रे पागल
दुनियाँ के ई रीति हँसी
कुम्हिलाई जे गिर - गिर के
दिन...
परल चरन केकर पावन
बा उतरल सरग सुहावन
बाँट रहल केदो के बा
मधु के. घइला भर - भर के
दिन...
पागल मति मति तूँ बहकू
जिनिगी का वन में चहकू
समय छने - छन बदलेला
मघु पी ले रे जी भर के
दिन बीत गइछ पतझर के।

Post a Comment

Previous Post Next Post