गँवई में रहनी त बकरी चरवनी
पोखरी में भगई में मछरी छनवनी
खेलनी महुइया पर ओल्हाव पाती
ओहिंजा भूतहवा ईनार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
जातो बेजातो के चाचा भतीजा
बाभन के कायथ पुकारेला जीया
कोइरी के कानू कहेला नू भइया
रजपूत के धोवी ईयार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
बड़का के काका बराबर के भइया
छोटकी के बहिनी बो बड़की के दइया
काकी बो भउजी सबके सबे हऽ
सबका से नाता हमार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
फगुआ में खेलीले रंग हमनी घोरके
ठी ठी ठी होंसिले काँदो चभोर के
गारी में धो दिले मनके मइलिया
अइसन ई परब तेहवार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
पकड़ी का गछिया तर सभवा लगा के
गरमी में सूतीले, चटई बिछा के
झिझिर झिहिर लगेला पूरुवा बयरिया
पंखा के कवन दरकार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
सावन में झूलुआ लगावेली सखिया
गावेली कजरी आ बरसे ली अँखिया
पुरुब से उनहेली कारी बदरिया
जनवा में जमुना के धार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
साँवा के सतुआ पिड़िकिया बना के
भउजी खिआवेली भइया मना के
पोछेली अँचरा से उनहल उ अँखिया
जवना में मोती हजार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
भगई बा डाँड़ में, अँगवछी बा काँह पर
खाली-खाली गोड़ हमनी घूमीले बाँह पर
मन बाटे उज्जर त कइसे लजाईं
कुरता बा देहिया पर चाहे उधार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
जहिया से लागल हवा ई सहर के
पक्का के घर बा छाँह बा ताड़तर के
केहू से केहू के तनिको ना मतलब
एके बा घर चाहे एके दुआर बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
सब केहू चढ़ल बा जलदी के रेल पर
समय सवरिया वा कसले नकेल पर
सइयाँ का फुरसत ना सजनी से बोलस
चिट्ठी बा, फोन बा आ तार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
एक से एक इहाँ चार सौ बीस बा
भीतर बा गन्दा आ ऊपर नफीस' बा
साधुओ वा इहवाँ लगवले तिरकंटे
बुड़बक के कवन सुमार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
मल मल के कुर्ता, लवन्ड्री के धोअल
मसलीन के धोती बा जहर चुभोअफ
देखी सुरड्या आ नरगिस के फोटो
पोस्टर अब पर इहे प्रचार बा
अब गाँवे में रहे के बिचार बा...
सँझिया बिहनिया नमस्ते परनाम
आदाबरज, जय हिन्द, राम-राम
सब ई मोलम्माह ऊपर के समझीं
नरंगी ह, फॉक में चार बा
अब गाँवे में रहे के विचार बा